Search This Blog

Sunday, 20 September 2020

हल्ला बोल हल्ला बोल

हल्ला बोल , हल्ला बोल


हल्ला बोल , हल्ला बोल
रोजगार के खातिर हल्ला बोल
मजदूर के खातिर हल्ला बोल
हल्ला बोल , हल्ला बोल
बबुआ रे तू हल्ला बोल
नौकरी के खातिर हल्ला बोल
हल्ला बोल , हल्ला बोल

किसान के खातिर ले ,
हल्ला बोल , हल्ला बोल
फसल के उचित मूल्य खातिर ले ,
हल्ला बोल , हल्ला बोल
किसानों के साथ में ,
हल्ला बोल , हल्ला बोल
मजदूरों के साथ में ,
हल्ला बोल , हल्ला बोल
अपने हक के खातिर ले बाबू हल्ला बोल
रे बबुआ हल्ला बोल , हल्ला बोल
रेलवे खातिर ले हल्ला बोल
निजीकरण पर , हल्ला बोल , हल्ला बोल
रे भैया हल्ला बोल , हल्ला बोल

गांव में फैक्ट्री के खातिर ले
हल्ला बोल , हल्ला बोल
हो चाचा हल्ला बोल
दादा - दादी के इलाज खातिर ले ,
अस्पताल के लिए हल्ला बोल
हो पापा हल्ला बोल , हल्ला बोल
मुन्नी के पढ़ाई खातिर स्कूल के लिए
हल्ला बोल , हल्ला बोल
बबुआ के कॉलेज खातिर ले हल्ला बोल
हो चाची हल्ला बोल ,हल्ला बोल

अपने - अपने अधिकार के खातिर ले
हल्ला बोल , हल्ला बोल
अच्छी शिक्षा , सबको शिक्षा के खातिर ले
हल्ला बोल , हल्ला बोल
देश के विकास के खातिर ले
हल्ला बोल , हल्ला बोल
एकता के जोर पर सब हल्ला बोल
हो चाचा हल्ला बोल , हो भैया हल्ला बोल
रे बबुआ हल्ला बोल
हल्ला बोल , हल्ला बोल।
©Prince Kumar


Friday, 18 September 2020

बेरोजगारी के ई कैसन काल चल रहल बा

  'बेरोजगारी के ई कैसन काल चल रहल बा '

बेरोजगारी के ई कैसन काल चल रहल बा
युवा लोगन पूछे ते , बोले मंदी चल रहल बा
रोजे - रोजे विद्यार्थी लोग मार्च कर रहल बा
रोजगार के खातिर ले पुलिस के डंडा खा रहल बा
बेरोजगारी के ई कैसन काल चल रहल बा


बड़ - बड़ लोगन के साथ दे रहल बा
गरीबन के खाली विकास सुना रहल बा
पूंजीपति के ई माला - माल कर रहल बा
मजदूर सब के कहे विकास हो रहल बा
बेरोजगारी के ई कैसन काल चल रहल बा
युवा लोगन पूछे ते , बोले मंदी चल रहल बा


रोजे - रोजे लईकन सुसाइड कर रहल बा
नौकरी के खातिर बलिदान दे रहल बा
मीडिया में बेरोजगारी के ना बात हो रहल बा
धीरे - धीरे देश के सम्पत्ति बिक रहल बा
आत्मनिर्भर भारत के ढोंग कर रहल बा
बेरोजगारी के ई कैसन काल चल रहल बा
युवा लोगन पूछे ते , बोले मंदी चल रहल बा
©Prince Kumar 



Saturday, 5 September 2020

एक ही नारा , एक ही आवाज़

एक ही नारा , एक ही आवाज़
रोजगार दो , रोजगार ...

जगह - जगह पर गूंजेगा बेरोजगारों की आवाज़
हर सड़क पर हर गली में युवा भरेंगे हुंकार

एक ही नारा , एक ही आवाज़
रोजगार दो , रोजगार ... 

                          Prince Kumar